Xpress News UP

निष्पक्ष पत्रकारिता को समर्पित

Breaking News

Showing posts with label व्यक्तित्व. Show all posts
Showing posts with label व्यक्तित्व. Show all posts

11 June, 2021

11 June

लालू यादव के जीवन गाथा राउर आपन बोली मा पढ़ीं आ फोटू देखीं .....

 


लालू प्रसाद यादव (जनम 11 जून 1948) एगो भारतीय राजनीतिक नेता बाड़ें । यादव, भारत के बिहार राज्य से हवें आ राष्ट्रीय जनता दल के अध्यक्ष बाड़ें आ बिहार राज्य के मुख्यमंत्री आ पंद्रहवीं लोकसभा में सांसद आ भारत के रेलमंत्री रह चुकल बाने ।

रेत पर बनी कलाकृति


लालू प्रसाद यादव पटना विश्वविद्यालय के छात्र राजनीति से आपन राजनीतिक कैरियर के सुरुआत कइलें आ 1977 में जनता पार्टी के कैंडिडेट के रूप में 29 बरिस के उमिर में, तब तक के सभसे कम उमिर वाला लोक सभा सांसद चुनल गइलें । साल 1990 में यादव बिहार के मुख्यमंत्री बनलें आ 1997 में चारा घोटाला में भ्रष्टाचार के आरोप में उनके इस्थीपा देवे के परल । 1997 से 2005 ले इनके मेहरारू राबड़ी देवी बिहार के मुख्यमंत्री रहली, लालू के आलोचक लोग एकरा के लालू के अप्रत्यक्ष सरकार के रूप में देखे ला । बिहार में लालू के शासन के कानून बिहीन राज आ जंगल राज के नाँव दिहल जाला । लमहर समय के बाद साल 2015 में लालू यादव के दल नीतीश कुमार के साथे बिहार बिधान सभा में पावर में आइल बाकी साल 2017 के जुलाई में लालू यादव, राबड़ी देवी आ तत्काल में उपमुख्यमंत्री तेजस्वी यादव (लालू यादव के बेटा) के खिलाफ एन्फोर्समेंट डाइरेक्टरेट आ सीबीआई के द्वारा कई गो मामिला दर्ज करे के बाद नीतीश कुमार इनके पार्टी के पाछे हटा के, भाजपा के साथ मिल के सरकार बना लिहलें ।

लालू और नीतीश


     भीड़ खींचे वाला, चल्हाँक आ मनोरंजक नेता के रूप में पहिचान वाला लालू यादव पर प्रदेश में जाति आधारित राजनीति के बढ़ावा देवे वाला भी मानल जाला, आ इनके खिलाफ भ्रष्टाचार के कई मामिला दर्ज बाने 3 अक्टूबर 2013 के इनके पाँच साल के सजा आ ₹25 लाख के जुर्माना सीबीआई अदालत द्वारा चारा घोटाला मामिला में कइल गइल, आ दुबारा एही मामिला में 23 दिसंबर 2017 के साढ़े तीन साल के सजा सुनावल गइल, जबकि इनके सांसद बेटी मीसा भारती के खिलाफ भी आय से अधिक संपत्ति के मामिला एन्फोर्समेंट डाइरेक्टरेट द्वारा दर्ज कइल गइल बा, आ चारा घोटाला के तीन गो मामिला अभिन भी इनका पर अदालत में लंबित बाने ।

पछतावा की मुद्रा में


(लालू प्रसाद यादव के 74वें जन्मदिन पर भोजपुरी भाषा में विशेष)

परिवार के साथ

साइकिल चलाते हुए

अभिवादन करते हुए

शरद यादव के साथ

जॉर्ज फर्नांडिस के साथ

समाजवादी नेता के साथ

धरना प्रदर्शन करते हुए

भाषण देते हुए